विकिपीडिया:पंचशील

विकिपीडिया से

विकिपीडिया के मूलभूत सिद्धांत सभ के पंचशील में समाहित कइल गइल बाटे। ई पंचशील अइसन पाँच गो खंभा नियर बाड़ें जिनहन पर विकिपीडिया आधारित बा।

Encyclopedia icon.svg
विकिपीडिया एगो ज्ञानकोश बा: विकिपीडिया एगो ज्ञानकोश बाटे जवना में आम ज्ञानकोश के साथै-साथ बिसय-बिसेस के ज्ञानकोश, अल्मनाक, आ गैजेटियर नियर चीज के भी कई लक्षण समाहित बाड़ें। धियान देवे के बात ई बा की ई कौनो किसिम के बिचार फैलावे के मंच, परचार के मंच, आपन बात छपावे के जगह, या कौनों अराजक प्रयोग करे के अस्थान विकिपीडिया ना हवे। ई लोकतंत्र भी ना हवे, जानकारी के अंधाधुंध ढेर ना हौ, न ई वेब डायरेक्टरी ह। ई कौनों डिक्शनरी नइखे, न अखबार बा, न प्राथमिक स्रोत वाली जानकारी के रखे के जगह बाटे, भले विकिमीडिया पर एकर कुछ बंधु प्रोजेक्ट में अइसन चीज हो सकेला।
Scale icon green.svg
विकिपीडिया तटस्थ हो के लिखल जाले: हमनी के हमेशा अइसन लेख बनावे के प्रयास रहेला जवन कौनों बिसय पर सगरी प्रमुख मत-मतांतर के उचित वजन दे के लिखल गइल होखें, जेतना जवना के महत्व होखे, आ निष्पक्ष टोन में होखें। इहाँ, हमहन के कोसिस कौनों तरह के चीज के वकालत करे से बचल जाला आ हमनी के जोर जानकारी आ सूचना पर रहे ला न की ओह पर बहस करे पर। कुछ क्षेत्र में कौनों बिसय पर एकही मत ढेर प्रचलित हो सके ला; कुछ दसा में कई ठे मत हो सके लें जिनहन के सटीकता से प्रस्तुत कइल आ बर्णन कइल हमनी के कोसिस रहेला न की "सही", "सत्य" या "सभसे बढ़ियाँ" चीज लिखले के कोसिस कइल। सगरी लेख सभ में निश्चित रूप से सत्यापन लायक सटीकता होखे के चाहीं, जवन विश्वसनीय, आधिकारिक स्रोत के संदर्भ दे के लिखल होखे, खास तौर पर तब जब लेख के बिसय कौनों बिबाद के चीज होखे या तब जब केहू जिंदा व्यक्ति के बारे में कुछ लिखल जा रहल होखे। संपादक लोग के आपन ब्यक्तिगत अनुभव, व्याख्या, या राय के इहवाँ कौनों अस्थान नइखे।

Jigsaw piece yellow 01.svg
विकिपीडिया के सामग्री मुक्त बाटे आ केहू भी एकर इस्तेमाल कर सकत बा, एहमें संपादन कर सकत बा, या बाँट सकत बाटे: सगरी संपादक लोग आपन लिखल चीज के मुक्त लाइसेंस की तहत पब्लिक करे ला, केहू संपादक अपने बनावल लेख के मालिक नइखे आ केहू के भी लिखल चीज के दूसर केहू निर्ममता से बदल सकत बा आ ऊ सामग्री के पुनर्वितरण हो सकत बाटे। हमेशा कॉपीराइट नियम के सम्मान करीं, आ कबो भी कौनों स्रोत से चोरी मत करीं। कुछ खास दसा में गैर-मुक्त मीडिया के उचित उपयोग के अनुमति जरूर दिहल जाला, बाकी कोसिस हमेशा करीं की फ्री स्रोत से सामग्री मिल जाय त उहे इस्तेमाल कइल जाय।

Smiley icon orange.svg
संपादक लोग आपस में सम्मान आ सभ्यता से बेहवार करे: अपनी साथी विकिपीडियन लोग के आदर करीं, भले असहमत होखीं। विकिपीडिया के शिष्टाचार कबो मत भुलाईं, आ कभी केहू पर व्यक्तिगत हमला मत करीं। हमेशा आम सहमती बनावे के कोसिस करीं, संपादन लड़ाई से बचीं, आ आपन बात रखे खातिर विकिकार्य बाधित मत करीं। अच्छा नीयत से काम करीं आ दुसरा के काम में भी अच्छा नीयत के पहिचानीं। हमेशा खुल के नया सदस्यन के स्वागत करीं। कौनों किसिम के बिबाद होखले पर शांती से बातचीत पन्ना पर आपन बात आ तर्क रखीं, झगड़ा दूर करे वाला तरीका के पालन करीं, आ हमेशा ई धियान राखीं की भोजपुरी विकिपीडिया पर 8,414 पन्ना बाटें जिनहन के सुधार आ संपादन के जरूरत बा, कौनों एकही पन्ना पर अटकले के जरूरत नइखे।

Light bulb icon red.svg
विकिपीडिया पर कौनों कठोर नियम नइखे: विकिपीडिया पर नियम नइखे बलुक कुछ नीति (पॉलिसी) आ दिसानिर्देस (गाइडलाइन) बाटे, उहो कौनो पाथर के लकीर।नइखे की बदलाव न होखे; इनहन के ब्याख्या समय के साथ बदलाव ले सकत बाटे। नीति आ निर्देश में लिखल बात के मूल में सिद्धांत आ मूलभावना ढेर महत्व के चीज बा न की ओह सभ के शब्द आ शाब्दिक अरथ; आ कब्बो-कबो विकिपीडिया के बेहतर बनावे खातिर अपवाद नियर काम भी करे के पड़े ला। लेख के अपडेट करे में निर्भीक बनीं बाकी अराजक आ उत्पाती होखे से बचीं। बिना एह बात से डेरइले की कहीं रउआँ से कुछ गलत न हो जाय आराम से संपादन करि के सीखीं: पन्ना के सगरी पुरान वर्शन हमेशा सुरक्षित रखल जाला, कौनो गलती होखी तब एकरा के आसानी से सुधारल जा सके ला।
नोट:ऊपर दिहल बात विकिपीडिया के मूल भावना आ परंपरा से अस्थापित बाटे।
ई पहिले से अस्थापित रहल जब ई पन्ना पर एकरा के लिखल ना गइल रहे। एह पन्ना में बदलाव से ई बाति सभ ना बदल जाई।